Bhojpuri में पढ़ें: देखनिहार के धरनिहार लाग जात रहन. एगो पोरगराम खातिर ई लोग बक्सर से आजमगढ़ गइल रहन. आजमगढ़ में सगरे दिनेशलाल यादव निरहुआ के लोकसभा चुनाव जीते के चरचा होत रहे. जतना मुंह ओतने बात. निरहुआ अइसे जीत गइले, तs वइसे जीत गइले. चरचा होखे के बजह भी रहे. 13 साल बाद जे आजमगढ़ में कमल खिलल रहे. मोलायम सिंह यादव अउर अखिलेश यादव के सीट पs कमल के कमाल से हर कोई चकित रहे. मुन्ना माइकल कहले, मनोज तिवारी भइया, रविकिशन भइया के बाद निरहुआ भइया भी सांसद हो गइले.
भाजपा एह लोग के भोजपुरी फिलिम स्टार से सांसद बना देलस. लोकसभा में भोजपुरी सिनेमा के अब तीन एक्टर हो गइले. हिंदी, तमिल, तेलगू, कन्नड़ के बाद अब भोजपुरी के भी पुरजोर आवाज गूंजी. एह बात पs ददन देवगन कहले, भोजपुरी के एगो अउर एक्टर राजनीति में आवे खातिर कुछ साल से कोशिश कर रहल बाड़े. उनकर प्रशंसक लोग सवाल पूछ रहल बाड़े कि का अब बिहार से खेसारी लाल यादव के बारी बा ? खेसारी लाल यादव 2020 के बिधानसभा चुनाव में राजद के परचार कइले रहन. ऊ कुछ महीना पहिले तेजस्वी यादव के मुखमंतरी बनावे खातिर एगो गाना भी गइले रहन. 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले चरचा रहे कि खेसारी के महाराजगंज (सीवान) से राजद के टिकट मिले वला बा. लेकिन उनकर मनसा पूरन ना भइल. अब 2024 के पहिले खेसारी एक बेर फेन तेजस्वी के नजदीक पहुंचे के कोशिश कर रहल बाड़े. का 2024 में खेसारी के बारी आयी ?
राजनीति में भोजपुरी कलाकार के पूछ बढ़ रहल बा
ददन देवगन के बात पs मुन्ना माइकल कहले, खेसारी लाल छपरा (सारण) जिला के रहे वला हवें एह से छपरा-सीवान में ही आपन राजनीतिक जमीन खोज रहल बाड़े. भोजपुरी सिनेमा में अब ऊ हिट हीरो हो चुकल बाड़े. ऊ लाखों लोग के चहेता कलाकार बाड़े. अगर चुनाव में खड़ा होइहें तब उनको कामयाबी मिल सकेला. फिलिम के कलाकार आपन लोकप्रियता के दम पर ही चुनाव जीतेले. चाहे ऊ तमिल सिनेमा के एमजी रामचनद्रन होखस भा भोजपुरी के मनोज तिवारी. लेकिन राजद अभी फिलिम कलाकार के मौका नइखे देले. एह मामला में भाजपा दोसर दल से बहुत आगे बा. बिनय बिहारी भोजपुरी के नामी गीतकार हवें. कई सिनेमा में हिट गीत लिखले बाड़े. उनकर लिखल छठ गीत तs बौलीबुड के नामी गायिका पलक मुच्छल भी गवले बाड़ी. उहे बिनय बिहारी अब भाजपा के बिधायक बाड़े. मतलब भाजपा भोजपुरिया कलाकार के राजनीति में बढ़ावा दे रहल बिया. हो सके ला कि जीत के ई फरमूला दोसर दल भी अपनावे. 2012 में खेसारी लाल यादव के पहिला फिलिम आइल रहे. एकरा बाद एक पs एक हिट सिनेमा दे के ऊ नामी हीरो हो गइले. अभी तक चालीस से अधिका भोजपुरी सिनेमा में काम कर चुकल बाड़े. उनकर लोकप्रियता अबहीं उफान पर बड़ुए. लेकिन तब्बो ना जाने काहे राजद उनका के चुनावी अखाडा में उतारे से परहेज कर रहल बा.
खेसारी के राजद से नरम-गरम रिश्ता
तब मुन्ना माइकल आपन लौजिल देले. कहले, 2019 के लोकसभा चुनाव के समय जब खेसारी लाल यादव के राजद से टिकट ना मिलल रहे तब ऊ बहुत अनराज भइल रहन. तब ऊ कहले रहन, लालू परिवार उनका साथे हरमेसा गलत बेवहार कइलस. लालू जी के हम हरमेसा से आपन मानत रहीं, इज्जत करत रहीं. लेकिन हमरा खातिर एह लोग के मन में कवनो इज्जत नइखे. तेजस्वी यादव कब्बो हमरा के आपन भाई ना समझले. हमरा संदेश के कवनो जबाब तक ना देले. जे हमरा के पत्थल रोड़ा मरलस, ओकरे के टिकट दे देले. जब लालू परिवार हमरा के आपन ना जनलस तब हाम काहे अपनापन राखीं. ओह घरी खेसारी, लालू परिवार के खिलाफ बहुत कुछ बोलल रहन. लेकिन कुछ समय के बाद उनकर मन फेन बदल गइल. ऊ फेन लालू जी के गुन गावे लगले. 2020 के बिधानसबा चुनाव में खेसारी लाल यादव अउर अभिनेत्री अक्षरा सिंह राजद के पक्ष में परचार कइले रहे लोग. एही साल जनवरी में खेसारी के एगो एलबम आइल रहे जवना में गवले रहन- तेजस्वी बिना सुधार ना होई… लालू बिना चालू ई बिहार ना होई…. कहल जा रहल बा कि खेसारी अब पुरान बात बिसार के फेन राजद से नजदीकी बढ़ा रहल बाड़े. ऊ राजद के सहारे ही आपन राजनीतिक नइय्या पार लगावल चाहत बाड़े.
जनता के लागे ला कि हमरा चुनाव लड़े के चाहीं- खेसारी
मुन्ना माइकल खेसारी के राजनीतिक तमन्ना के बारे में बतावे लगले. दू साल पहिले खेसारी लाल यादव से पूछल गइल रहे, क्या आप बिधानसभा का चुनाव लड़ेंगे ? तब खेसारी जबाब देले रहन, लोग के लागे ला कि खेसारी के चुनाव लड़े के चाहीं, काहसे कि ऊ बहुत सोशल वर्क करे ले. जेकरा भिरी क्षमता बा, ऊ सोशल वर्क कर सकेला. अइसन नइखे कि खाली नेता लोग ही सोशल वर्क कर सकेला. हम कई लइका के गोद लेले बानी. ओह लइकन के पढ़ाई, लिखाई अउर रहे के खरचा हम उठाइना. एह से जनता भी सोचे ले कि खेसारी के चुनाव लड़े के चाहीं. 2021 में उत्तर प्रदेश बिधानसभा चुनाव से पहिले खेसारी, अखिलेश यादव से मोलकात कइले रहन. तब चरचा चलल रहे कि ऊ समाजवादी पाटी में शामिल होखे वला बाड़े. अखिलेश यादव खुद्दे ट्वीट कर एकर जानकारी देले रहन. लेकिन खेसारी सपा में शामिल ना भइले. हालांकि ऊ समय-समय पs केन्द्र सरकार के आलोचना कर चुकल बाड़े. लेकिन जब 2022 के उपचुनाव में निरहुआ सांसद चुना गइले तब खेसारी लाल यादव उनका के फेसबुक पोस्ट से बधाई देले रहन. ऊ ई ऐतिहासिक जीत के, भोजपुरिया समाज के जीत कहले रहन. आजमगढ़ में निरहुआ के जीत, राजनीत के बहुत बड़ उलटफेर मानल जा रहल बा. एह जीत से अब बिहार में खेसारी लाल यादव के भी अहमियत बढ़ सकेला. तब ददन देवगन कहले, राजनीत संभावना के खेल हs. कभी भी केहू के गोटी लाल हो सकेला.